प्यार मोहब्बत के गजब्बे रीत
प्यार मोहब्बत के गजब्बे रीत होइखे, अरे, कोनू के होइखे, कोनू के नइखे। अरे, एक्के कहानी बा नया कुछो नइखे, जेहने शतरूपा-मनु ओहने जोड़ा नयको। प्यार मोहब्बत के गजब्बे रीत... अरे, किस्सा बा पूरा इमोशनल ड्रामा, कोनू कहे भरम, कोनू कहे नइखे। प्यार मोहब्बत के गजब्बे रीत... कहल जा ल रउआ असगरे बार काफी, तइओ काहे मचल बा जिया में आपा-धापी प्यार मोहब्बत के गजब्बे रीत... झगड़ा बाजल बा, आ बाते कुछो नइखे, हम कहली खतम कर कुछ लई-दई के, सुनते इ कहलन उ, इ पुलिस चौकी नइखे। प्यार मोहब्बत के गजब्बे रीत... - ज्ञानेश P.S: This song is written to emphasise that beautiful and clean songs can be written in Bihari dialects like Bhojpuri, Vajjika, Magahi, and Angika (not naming Maithili as it is a complete language in many terms such as script and grammar according to my limited understanding about dialects and languages).